हम ना आइब तोहरे संगे ए पिया
घड़ी घड़ी लैवेला घड़ी घड़ी लेवेला इम्तिहान तू ए पिया !
तनी को ना भावे ली हम तोहके ए पिया
तनी को ना भावे ली हम तोहके ए पिया
बाली उमरिया में हमके बिहवला, बाली उमरिया में हमके बिहबला ए पिया
बीच मझदार छोड़ गईला ए पिया
अचरा की खुशियां तू ले ग़ईला
खाली अचरा थमा दिहला ए पिया खाली अचरा थमा दिहला ए पिया
हम ना आईब तोहरे संगे ए पिया
दुनिया बतियावेला हमारे शिकतीया ,
दुनिया बतियावेला हमारे सीकतीया
ले चटकारा सुनेला तू ए पिया
ले चटकार सुनैला तू ए पिया
हम ना आइब तोहरे संगे ए पिया
हम ना आए तोहरे संगे ए पिया
अंखियों तू लिहला मनवा तु लिहला ले लिहला हमरे अचरा के खुशिया
एक पल में तू हमके भुलवला एक पल में तू हमके भुलवला
ले सौतन आ गईला तू ए पिया
ले सौतन ए गइला तू ए पिया
हरदम हमरा के परखेला तू ए पिया
एरन ग़ैरन के बतिया सुनेला
हमार ना सुनेला तू एको बतिया
हम ना आइब तोहरे संगे ए पिया
जब-जब पुकरनी हम तोहके ए पिया
कबो न आइला तू ए पिया
खाली धीरज धरवला तू ए पिया
झूठ मूठ वादा करके तू गईला
आज ले ना निभावला तू ए पिया
हम ना आइब तोहरे संगे ए पिया
घड़ी घड़ी लैवेला घड़ी घड़ी लेवेला इम्तिहान तू ए पिया !
हम ना आईब तोहरे संगे ए पिया
✍️ Arpita


The Flower of Word by Vedvyas Mishra
The novel 'Nevla' (The Mongoose) by Vedvyas Mishra
The Flower of Word by Vedvyas Mishra







